Thursday, July 9, 2009

विधान पार्षद के चुनाव में बाहुबली के भरमार

आरा-बक्सर विधान परिषद् के चुनाव में मय बाहुबलिए उतरन बाडन। भोटभले ही जन -प्रतिनिधि दिहन बाकि बवाल त होईबे करी.भाजपा-जद यू के उम्मीदवार विशेश्वर बाहुबलीओझा जे अभी बेल पर जेल से बाहर बाडन, त राजद उम्मीदवार दारू माफिया लाल दास राय बाडन .सबपर भारी फरारी कुख्यात अपराधी तथा बाहुबली विधायक सुनील पांडे के भाई हुलास पाण्डेय बाडन । भोट के रेट खुला बा -रु० ५००००-७५००० के दर से बाज़ार भावः बा , अब त जईसे-जईसे भोट देवे के समां नागिचा ता ओईसे-ओईसे रेट भागल जा ता । हो सकेला की एगो-दुगो मर्डर भी हो जाय
"जेकर लाठी ओकर भईंस "ई बात जरुर नज़र आई एह चुनाब में .कोई पईसाके बल पर चुनाव लड़ता त कोई पईसा आ पावर दुनो के बल पर. ईहे त खास बात बा ई भोजपुरियन पठ्ठा में ,अब ताल ठोक के ना ..... बल्कि बनुक में गोली आ जेबी में पईसा भर के चुनावी मैदान में बाडन जा । एह चुनाव में सुने में अव ता की लगभग पांच करोड़ लागल बा ,अब त समय ही बताई की ऊँट केने करवट लेता .....

No comments: