Wednesday, September 24, 2008

मील के पत्थर

बड़ा दिन से कुछ लिखात ना रहे ,आज्ज मौका भी मिलल औउर तकनिकी समस्या भी ख़तम हो गईल बा । भोजपुरी क्षेत्र के भोजपुर जिला के ख़बर बाद ही निक मिलल बा । आरा में एगों संस्था यवनिका बा जे ओहिजा बाल महोत्सव करा रहल बा .एह में नाच ,गाना, पेंटिंग, कार्टून्स,भाषण ,कहानी लेखन -कविता लेखन ,fancy ड्रेस ,नाटक, एकल अभिनय,सामान्य ज्ञान, कविता पाठ या रैम्स सहित १२ कार्यक्रम बा। ई सब स्कूल के बच्चन खातिर हो रहल बा .जानकारी इहो मिलल बा की एकरा में लगभग ५००० लैका -लैकि भाग लिहां स ओक्टूबर से नोवेमबर तक ई कार्यक्रम बा .एकरा के लगभग दू लाख लोग देखे ला जवान सात दिन के हो ला । गों शहर सगरो के बाल -बच्चा भाग लेवे ला। बड़ से छोट तक के बच्चा एके मंच प् आपण कला के देखावे ला । एकरा के आयोजित करे में कुछ पत्रकार लोगन के मुख्या भूमिका बा जे देल्हीमीडिया से जुडल बा लोग ,आ अबही ई पुरा टीम आरा में पहुँच के यागिक आयोजन में भीड़ गइल बा लोगन .जानकारी खातिर की आरा माले -रणवीर सेना के खुनी लडाई खातिर विश्व विख्यात रहल बा ,आ ओहिजा ई तरह के कार्यक्रम यवनिका संस्था पिछला पाँच वेर्ष से करा रहल बा । बच्चन लोगन खातिर ई तरह के विश्व में एक मात्र मंच बा जहाँ एक साथ इतना कार्य क्रम हो रह बा। ई आयोजन में जिला प्रशासन भी आपण पुरा योगदान दे रहल बा .एह से ई आयोजन दिन प्रतिदिन मील के पत्थर बनल जा रहल बा.

No comments: